Pages

Wednesday, January 22, 2014

’शेनदत्त सिंह शान’ के वीडियो अल्बम ’रस भरी लागेली’ वेब म्यूजिक जारी कईलस

अवध रत्न से सम्मानित अउरी मधुर आवाज के धनी गायक ’शेनदत्त सिंह शान’ के नयका म्यूजिक विडियो अल्बम ’रस भरी लागेली’ के वेब म्यूजिक कम्पनी जारी कईले बा। एक  से बढ़ के एक सुपरहिट भोजपुरी विडियो अल्बम में आपन मधुर आवाज दे चुकल उभरत स्टार सिंगर ’शेनदत्त सिंह शान’ के ई नयका अल्बम बाजार में मौजूद बा। संगीतकार विनय विनायक के संगीत निर्देशन में बनल एह संगीतमय अल्बम के गीतन के लिखले बाड़न उमेश अनमोल, संतोष पुरी, सियाराम निषाद, अखिलेश बेदर्दी, गयालाल यादव अउरी अवधेश प्रेम। जल्दिये ’शेनदत्त सिंह शान’ अपना प्रेमी श्रोता अउरी दर्शकन खातिर एगो फिलिम भी लेके आ रहल बाड़न!

Sunday, January 19, 2014

’रामचन्द्र यादव’ के प्रेस मीडिया अवार्ड द्वारा बेस्ट रिपोर्टर के अवार्ड मिलल


दार्शनिक मुम्बई प्रेस मीडिया अवार्ड 2013 के आयोजन कांदिवली, मुम्बई में कईल गईल। भोजपुरी फिलिम न्यूज रिपोर्टर खातिर वेबपोर्टल ’भोजपुरीनामा डॉट कॉम’ के रिपोर्टर ’रामचन्द्र यादव’ के बेस्ट रिपोर्टर के अवार्ड से सम्मानित कईल गईल। ई कार्यक्रम पानी बचाओ और बेटी बचाओ के अंतगर्त कईल गईल रहे। जवना के आयोजन कल्याणजी जाना कईले रहलन। एह अवसर पर बॉलीवुड अउरी पॉलीवुड के कई गो महान सक्शियत के भी सम्मानित कईल गईल। एह कार्यक्रम के आयोजक कल्याणजी जाना बतइलन कि उ सब प्रायोजकन के धन्यवाद देबे के चाहत बानी जे हमरा के एह कार्यक्रम के सफल बनावे में मदद कईले। एह अवसर पर भोजपुरी फिलिम जगत के कईये निर्माता -निर्देशक अउरी कलाकारन के सम्मानित कईल गईल। फिलिम निर्देशक राजकुमार आर पाण्डेय, असलम शेख, जगदीश शर्मा, अभिनेता पवन सिंह, मनोज पाण्डेय, अवधेश मिश्रा, देव सिंह, विराजभट्ट, पंकज केसरी, प्रदीप पाण्डेय, अभिनेत्री रानी चटर्जी, अर्चना सिंह, श्री कंकानी, पायल सेठ, प्रियंका पाण्डेय, हास्य अभिनेता सी पी भट्ट, मंटूलाल, फिलिम डिस्ट्रीब्यूटर प्रदीप भइया, महमूद अली, पत्रकार मनोज दुबे, आदित्य पाण्डेय, शिवा देवनाथन, रामचन्द्र यादव, संदीप पाण्डेय, पीआरओ हिमांशु झुनझुनवाला, संजय भूषण पटियाला अउरी भोजपुरी दबंग सीसीएल के मालिक आनंद बिहारी यादव के सम्मानित कईल गईल। ई सब लोग कार्यक्रम के आयोजक कल्याणजी जाना के बहुत बहुत बधाई दिहले। एह शुभ अवसर पर छोट-छोट बच्चा सब के जरिये सांस्कृतिक कार्यक्रम के भी आयोजन भईल।

Sunday, January 12, 2014

बेताब अब भोजपुरी में


अभिनेता सन्नी दियोल के सुपर हिट फिलिम बेताब के कामयाबी के ढेर दिन बाद अब अपने सबके भोजपुरी में बेताब देखे के मिली। जी हां एह भोजपुरी फिलिम बेताब में सन्नी दियोल त ना लेकिन भोजपुरी फिलिमन के सुपर स्टार खेसारी लाल यादव जरुर जलवा बिखेरत नजर अईहन। आदिशक्ती इंटरटनेमेंट अउरी खुशी इंटरटेनमेंट प्रोडक्शन्स प्रस्तुत एह के निर्माण पायल इंटरटेनमेंट के बैनर तले निर्माता स्वामी जी, अनुज कुमार अउरी कृष्णा कुमार कर रहल बाड़न। फिलिम में निदेर्शन के बागडोर संभलले बाड़न जानल मानल निर्देशक सनोज मिश्रा आ अजय कुमार झा। जबकि कार्यकारी निर्माता बाड़न महेश कुमार उपाध्याय। फिलिम बेताब के कहानी, पटकथा अउरी संवाद लिखले बाड़न अरविन्द तिवारी, जबकि गीतकार बाड़ें कृष्णा बेदर्दी, विभाकर पांडे आजाद सिंह आ अरविन्द तिवारीे। फिलिम खातिर संगीत देहले बाड़न घुघंरू जबकि नृत्य निर्देशन कानू मुखर्जी अउरी रामदेवन के बा। पूरा तरीका से एक्शन पर आधारित एह फिलिम के मारधाड़ निर्देशक बाड़ें हीरा लाल यादव, संपादक गुरजंत सिंह आ कैमरा नीतू इकबाल सिंह के बा। जबकि प्रचारक बाड़न शशिकांत सिंह अउरी रंजन सिहा । फिलिम बेताब के मुख्य कलाकार बाड़े भोजपुरी सुपर स्टार खेसारी लाल यादव, अक्षरा सिंह ,कृष्णा कुमार, प्रिया शर्मा, किरण यादव ,अभिलाशा, समर्थ चतुर्वेदी, संजु सोलंकी, अभय राय, श्रृद मिश्रा, युगनाथ पांडे, अकबाल राजभर,बबलू खान अउरी देव सिंह, अनुप अरोड़ा आ उमेश सिंह । एह फिलिम में डांसिग क्वीन सीमा सिंह के संगही ग्लोरी के आयटम नंबर भी बावे। हिन्दी के फिलिम बेताब से भोजपुरी फिलिम बेताब में कवनो समानता नईखे। अइसन खुद फिलिम के निर्माता स्वामी जी, अनुज कुमार अउरी कृष्णा कुमार आ निर्देशक सनोज मिश्रा अउरी अजय कुमार झा के मत बा। एह फिलिम में मनोरंजन के भरपूर मशाला मिलावल बा।

अंजली श्रीवास्तव अभिनीत ‘कच्चे धागे’ बिहार के 72 सिनेमाघरन में प्रदर्शित

अंजली श्रीवास्तव अभिनीत भोजपुरी फिलिम कच्चे धागे 11 जनवरी से बिहार में 72 सिनेमाघरन में कईल गईल। सुपर स्टार नायक आ गायक बाड़न खेसारी लाल यादव के संगे अंजली श्रीवास्तव के अभिनय के खूब तारीफ हो रहल बा।  निर्माता अनिल कुशवाहा के बनावल अउरी मंजुल ठाकुर निर्देशित फिल्म कच्चे धागे में अंजली बतौर अभिनेत्री अपना खूबसूरत अदा, नृत्य आ अभिनय सेे सिनेप्रेमियन के बीच में अपना अभिनय के छाप छोड़ के खूब बाहवाही बटोर रहल बाड़ी। एह फिल्म में अंजली श्रीवास्तव के संगे खेसारी लाल यादव, स्मृति सिन्हा, मनोज टाईगर, गोपाल राय, प्रेम दूबे, किरण यादव, रतनेश बरनवाल आ संजय पाण्डेय बाड़न।

पायल सेठ आपन जन्मदिन धूमधाम से मनवली

हर साल की भाँति  एह साल भी फिलिम अभिनेत्री पायल सेठ आपन जन्मदिन धूमधाम से मनवली। लेकिन अबकी बार ई मुम्बई के गोराई बीच स्थित दरिया किनारा रिसोर्ट पर गेट टू गेदर पार्टी राख के फिलिम जगत के मशहूर हस्ति लोगन के सेलिब्रेट कईली। एह शुभ अवसर पर फिलिम अभिनेत्री अंजना सिंह, तान्या, काव्या सिंह, रश्मि, काजल सोनी, अभिनेता यश मिश्रा, बिपिन सिंह, गौरव झा, देव सिंह, मयंक, जटा शंकर अउरी अतिथि अशोक मेहता, उदय भगत, विशाल भगत, सुशील उपाध्याय के संगही बहुते गणमान्य लोग मौजूद रहले।

अवधी फिलिम ‘प्रेम प्रतिज्ञा’ के भईल मुहुर्त

युवराज फिल्म क्रियेशन प्रस्तुत अवधी फिलिम ‘प्रेम प्रतिज्ञा’ के मुहूर्त धूमधाम से मुम्बई के गोरेगाव के एम जी स्टूडियो में सुप्रसिद्ध गायिका इंदु सोनाली के सुमधुर आवाज में गीत रिकार्ड कऽ के पूरा भईल। निर्माता शैलेन्द्र बहादुर सिंह द्वारा बनावल जा रहल एह फिलिम के निर्देशन ए. रहमान करीहें। संगीतकार शत्रुघ्न गोड्डावाला के संगीत निर्देशन में बाकी के गीतन के आवाज देहल बाड़न विनोद राठौड़, अलोक कुमार, मोहन राठौड़, अलका झा, प्रियंका सिंह, अनामिका सिंह, मुन्ना मिश्रा। गीतकार प्यारेलाल यादव कविजी, अशोक सिन्हा, गौतम, मुन्ना मिश्रा आ अवधेश मिश्रा बाड़न नृत्य निर्देशक मनोज मस्ताना, सिनेमैटोग्राफर  अभय तिवारी बाड़े।  मारधाड़ सम्राट दाई, कला कपिल मौर्या के बा। फिलिम के मुख्य कलाकार बाड़न मनु कृष्णा, कल्पना शाह, कमल सौरभ, अमन कुमार, आयशा शेख, पलक तिवारी, नन्द कुमार, कमलेश दूबे, एस बी सिंह, मनीष श्रीवास्तव, चंदा सोनी बावे लोग।

विराज भट्ट के ‘बाज गईल डंका’

मार-धाड़ अउरी गीत संगीत से भरल विराज भट्ट के एक्शन फिलिम ‘बाज गईल डंका’ जल्दिये दर्शकन के सामने होई। मुम्बई के लोखंडवाला स्थित एम फॉर यू स्टूडियो में एह फिलिम के मुहूर्त संपन्न भईल। फिलिम में विराज भट्ट, पवन सिंह, सर्वजीत सिंह, स्मृति सिन्हा, शिखा मिश्रा, खलनायक अवधेश मिश्रा, सोमभूषण, आनंद मोहन मुख्य किरदार में बावे लोग। विराज भट्ट बतईलन कि ‘बाज गईल डंका’ फिलिम अब तक के उनकर बेहतरीन एक्शन ,रोमांस, कॉमेडी अउरी मारधाड़ के कमेस्ट्री वाली फिलिम होई। जवना के  शूटिंग मुम्बई के बागेश्वरी, बड़ोदरा के अलावे बिहार अउरी झारखंड के अलग-अलग जगहा पर होई। बड़का बजट के एह फिलिम में कई गो नया लोकेशन अउरी मंझल रंगमंच के कलाकारन के भी रखल गईल बा।

’यादव जी’ के पहिलका चेहरा जारी कईलस आर्या म्यूजिक

भोजपुरी सिनेमा के संगीत के क्षेत्र में व्यवसाय के नया आयाम देबेे वाली म्यूजिक कम्पनी ’आर्या म्यूजिक’ ( ए यूनिट ऑफ सासपीओ ग्रुप) कोसी गंगा फिल्म्स के बैनर तले बनल भोजपुरी फिलिम ’यादव जी’ के पहिलका चेहरा जारी कऽ देहले बा। निर्माता प्रजीत राज आ नरेन्द्र कुमार सिंह बाड़न। निर्देशक संजय श्रीवास्तव द्वारा निर्देशित ई फिलिम स्वस्थ मनोरंजन के संगही संदेश देबे वाला भी बा। सहनिर्माता दिलीप आनंद, त्रिभुवन कुमार अउरी चेतन परदेशी बाड़न जबकि ऑनलाईन निर्माता संजय कुमार (पॉलीवुड सिनेमा) बाडे। मुख्य किरदारन में धर्मेश मिश्रा, फलक तनेजा, दिलीप आनंद, अर्पिता माली, बंटी देवगन, अमृता पाण्डेय, सी पी भट्ट, पूजा वर्मा, नरेंद्र गुलशन, चेतन परदेशी, नरेन्द्र सिंह, राजेश रंजू भाई, मंटू यादव, महेंद्र यादव अउरी बालेश्वर सिंह बाड़न। आईटम डान्सर आयशा शेख आ मेहमान कलाकार संजीव कुमार सिंह बाड़े। कथा राकेश कुमार रंजन, पटकथा संजय श्रीवास्तव आ संवाद शंकर सैदपुरी के बा। गीतकार पंकज प्रियदर्शी, संगीतकार गणेश पाण्डेय नृत्य निर्देशक संतोष कुमार, सिनेमैटोग्राफर प्रशांत वर्मा मारधाड़ मंगल फौजी, कला शंकर आ अशोक विश्वकर्मा अउरी संकलन भारत पटेल के बा।

अंजली श्रीवास्तव कहली ‘अब होई बगावत’

अंजली श्रीवास्तव नया साल के शुरूआत में भोजपुरी फिलिम अब होई बगावत साईन कईले बाड़ी। शिव दीप फिल्म्स के बैनर तले बने वाली एह फिलिम के निर्माता-निर्देशक राम सूरत प्रजापति बाड़न। केद्रीय भूमिका में अंजली श्रीवास्तव के संगे अविनाश शाही, प्रिया शर्मा अउरी दीप नारायण बाड़े। जवना के शुटिंग जल्दिये शुरू होई। ध्यान देबे वाला बात बा कि अंजली श्रीवास्तव अभिनीत भोजपुरी फिलिम ‘कच्चे धागे’ जल्दिये प्रदर्शित होखे वाला बा। जवना के नायक बाड़न खेसारी लाल यादव। निर्माता अनिल कुशवाहा के बनावल अउरी मंजुल ठाकुर द्वारा निर्देशित फिल्म ‘कच्चे धागे’ में अंजली बतौर अभिनेत्री नजर आवे वाला बाड़ी। एह फिलिम में इनकर किरदार भोजपुरिया दर्शक वर्ग के खुब पसन आयी। सादगी भरल नूरानी चेहरा अउरी बिन्दास हँसी के दीवाना हो जईहन सिनेमा प्रेमी । फिलिम में अंजली श्रीवास्तव के संगे खेसारी लाल यादव, स्मृति सिन्हा, मनोज टाईगर, गोपाल राय, प्रेम दूबे, किरण यादव, रतनेश बरनवाल अउरी संजय पाण्डेय बाड़न। ध्यान देबे वाला बात होई कि अब तक अंजली श्रीवास्तव अभिनीत अउरी संगीत कुमार निर्देशित भोजपुरी फिलिम ‘दम होई जेकरा में ऊहे गाड़ी खूंटा’ आ मंजुल ठाकुर निर्देशित फिलिम ‘लहू के दो रंग’ प्रदर्शित हो चुकल बा। फिल्म फेस्टिवल खातिर बनल हिंदी फिल्म ’धानी का डी जी कैम’ में भी शसक्त भूमिका में बाड़ी।

नेहा श्री कईली ‘डोली-एक अरमान’ के पहिलका शिड्यूल पूरा


राजस्थानी सिनेस्टार ’नेहा श्री’ अभिनीत महिला प्रधान भोजपुरी फिल्म ’डोली - एक अरमान’ के शूटिंग के पहिलका शिड्यूल पूरा हो गईल बा। एह फिलिम में नेहा श्री महिला समाज के दबल आवाज के बुलंद करे के अगुआई करत बाड़ी। वेद फिल्म्स प्रोडक्शन के बैनर तले बन रहल एह फिलिम के शूटिंग गोरखपुर, उत्तर प्रदेश के बासगाँव तहसील के कटवार में होखत रहे। निर्माता जीतेन्द्र सिंह ’जीतू’ द्वारा बनावल जा रहल एह फिलिम के निर्देशन भानु प्रकाश शुक्ला कर रहल बाड़न जबकि लेखक राकेश दिलावर बाड़न। फिलिम में केंद्रीय भूमिका में राजस्थानी सिनेस्टार नेहा श्री, सोनू शान, सी पी भट्ट, शीला पाण्डेय, इन्द्रसेन यादव, विक्की सचदेवा, नीलम अग्निहोत्री, मिस लकी, खुशी भट्ट अउरी बालेश्वर सिंह बाड़न। ध्यान देबे वाला बात बा कि मैनास प्रोडक्शन के बैनर तले बन रहल अउरी लेखक निर्देशक ओम यादव (ओम प्रकाश यादव) निर्देशित फिलिम ’सजना मंगिया सजाई द हमार’ के भी पहिलका शिड्यूल के शूटिंग पूरा कईले बाड़ी। जवना के निर्माता ’ए के हलचल सिंह’ बाड़न।