Pages

Tuesday, May 27, 2014

’विशाल तिवारी’ के ’लड़ाई’ बिहार के बाद अब मुंबई में 30 मई से

हाल ही में बिहार अउरी झारखण्ड के सिनेमाघरन में सफलता के संगे प्रदर्शित भईला के बाद ’विशाल तिवारी’ के ’लड़ाई’ अब मुंबई में 30 मई से प्रदर्शित होखे जा रहल बा. ए स्क्वायर बैनर तले बनल ’लड़ाई’ में पहिलका बेर ’हैदर काजमी’ अउरी ’विशाल तिवारी’ में आमने-सामने घमासान खूनी लड़ाई भईल बा. एह लड़ाई में विशाल तिवारी के साथ दे रहल बाड़ी अभिनेत्री अंजना सिंह ओही जा हैदर काजमी के संघतिया कलाकार बाड़ी मिस फेमिना नूरी शेख. एह लोग के अलावा बालेश्वर सिंह, सी पी भट्ट, सोनू झा, माया यादव, देव सिंह, प्रीती सिंघानिया, साहिल शेख, राहुल श्रीवास्तव, इमरान अली आ मिस्टर इंडिया डैनी शेहरावत के मौजूदगी बा. आइटम डांस कईले बाड़ी प्रीति सिंह आ प्राची. फिलिम के निर्माता के के तिवारी जबकि लेखक-निर्देशक आनंद गहतराज बाड़न. अपना अभिनय प्रतिभा से सिनेमाप्रेमियन के दिल में घर कर चुकल ’विशाल तिवारी’ अब भोजपुरी सिनेमा के एगो अभिन्न अंग बन गईल बाड़न. अब दिन ब दिन एक से बढ़ के एक सशक्त किरदार निभा के अपना लोकप्रियता में चार चांद लगावत जा रहल बाड़े.

अब तक इनकर प्रदर्शित भईल फिलिम ’भाई जी’ आ ’चरणों की सौगंध’ के अपार सफलता के बाद बिहार अउरी झारखण्ड में दर्शक लोग ’लड़ाई’ के भी सफल बनवले बा. दर्शकन के भरपूर प्यार मिलला से विशाल तिवारी बड़ी खुश बाड़न. उम्मीद बा कि मुम्बई के दर्शक वर्ग भी विशाल तिवारी फिलिम ‘लड़ाई’ के सफल बनईहे.

ध्यान देबे वाला बात बा कि बक्सर, बिहार के मूल निवासी ’विशाल तिवारी’ बतौर फिलिम निर्माता ’फूल बनल अंगार’ से भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री में कदम रखले. संगहह फिलिम के पूरा टीम के जोर देहला पर विशाल एह फिलिम में बतौर अभिनेता एगो छोट भूमिका भी निभवले रहले. जवना चलते उनका मन में कैमरा के सामना करे के आत्मविश्वास बढ़ल अउरी एकरा बाद ई फिलिम भाई जी से पूर्ण रूप से बतौर नायक सिनेमा के रुपहला परदा पर पदार्पण कईले अउरी सिनेप्रेमियन के पसंदीदा बन गईलन.

No comments:

Post a Comment