Pages

Tuesday, May 27, 2014

’विशाल तिवारी’ के ’लड़ाई’ बिहार के बाद अब मुंबई में 30 मई से

हाल ही में बिहार अउरी झारखण्ड के सिनेमाघरन में सफलता के संगे प्रदर्शित भईला के बाद ’विशाल तिवारी’ के ’लड़ाई’ अब मुंबई में 30 मई से प्रदर्शित होखे जा रहल बा. ए स्क्वायर बैनर तले बनल ’लड़ाई’ में पहिलका बेर ’हैदर काजमी’ अउरी ’विशाल तिवारी’ में आमने-सामने घमासान खूनी लड़ाई भईल बा. एह लड़ाई में विशाल तिवारी के साथ दे रहल बाड़ी अभिनेत्री अंजना सिंह ओही जा हैदर काजमी के संघतिया कलाकार बाड़ी मिस फेमिना नूरी शेख. एह लोग के अलावा बालेश्वर सिंह, सी पी भट्ट, सोनू झा, माया यादव, देव सिंह, प्रीती सिंघानिया, साहिल शेख, राहुल श्रीवास्तव, इमरान अली आ मिस्टर इंडिया डैनी शेहरावत के मौजूदगी बा. आइटम डांस कईले बाड़ी प्रीति सिंह आ प्राची. फिलिम के निर्माता के के तिवारी जबकि लेखक-निर्देशक आनंद गहतराज बाड़न. अपना अभिनय प्रतिभा से सिनेमाप्रेमियन के दिल में घर कर चुकल ’विशाल तिवारी’ अब भोजपुरी सिनेमा के एगो अभिन्न अंग बन गईल बाड़न. अब दिन ब दिन एक से बढ़ के एक सशक्त किरदार निभा के अपना लोकप्रियता में चार चांद लगावत जा रहल बाड़े.

अब तक इनकर प्रदर्शित भईल फिलिम ’भाई जी’ आ ’चरणों की सौगंध’ के अपार सफलता के बाद बिहार अउरी झारखण्ड में दर्शक लोग ’लड़ाई’ के भी सफल बनवले बा. दर्शकन के भरपूर प्यार मिलला से विशाल तिवारी बड़ी खुश बाड़न. उम्मीद बा कि मुम्बई के दर्शक वर्ग भी विशाल तिवारी फिलिम ‘लड़ाई’ के सफल बनईहे.

ध्यान देबे वाला बात बा कि बक्सर, बिहार के मूल निवासी ’विशाल तिवारी’ बतौर फिलिम निर्माता ’फूल बनल अंगार’ से भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री में कदम रखले. संगहह फिलिम के पूरा टीम के जोर देहला पर विशाल एह फिलिम में बतौर अभिनेता एगो छोट भूमिका भी निभवले रहले. जवना चलते उनका मन में कैमरा के सामना करे के आत्मविश्वास बढ़ल अउरी एकरा बाद ई फिलिम भाई जी से पूर्ण रूप से बतौर नायक सिनेमा के रुपहला परदा पर पदार्पण कईले अउरी सिनेप्रेमियन के पसंदीदा बन गईलन.

Sunday, May 25, 2014

मनमोहन तिवारी’ के दर्शक पसन कइले ’महाबली’ के रूप में


अभिनेता के पहचान ओकरा अभिनय प्रतिभा से ही होखेला अउरी अभिनय के दमपर ही दर्शकन के दिल में घर कऽ लेबेला. जी हाँ, ’मनमोहन तिवारी’ अपना जबरदस्त अभिनय के जरिये सिनेप्रेमियों के बीच महाबली के रूप में बहुते पसन कईल जा रहल बाड़न. ध्यान देबे वाला बात बा कि ग्लोबल पिक्चर्स प्रस्तुत फिलिम महाबली के 9 मई से बिहार अउरी झारखंड के सिनेमाघरन में सफल प्रदर्शन कईल गईल बा. ’महाबली’ के रूप में मनमोहन तिवारी रूपहला परदा पर आपन जबरदस्त छाप छोड़ले बाड़न. एह फिलिम के निर्माता अरविन्द कुमार आ निर्देशक  वेदांत विश्नोई बाड़न. छोटा परदा के जरिये घर घर में आपन पहचान बनइला के बाद बड़का परदा पऽ भी आपन उपस्थिति दर्ज करा चुकल बिहार के भोजपुरी माटी के लाल मनमोहन तिवारी अपना अभिनय के दम पर ही फिलिम ’रानी चली ससुराल’ से सब दर्शकन के दिल पर राज करे लगले. ध्यान देबे वाला बात बा कि छोटका परदा के रियलिटी शो ’राखी का स्वयंबर’ से घर-घर में आपन उपस्थिति दर्ज करवइला के संगे संग धारावाहिक  जमुनिया, आरक्षण, प्रतिज्ञा, होंगे न हम जुदा, अनामिका, क्राइम पेट्रोल, सावधान इंडिया इत्यादि के जरिये मनमोहन तिवारी आपन जबर्दस्त पहचान बना चुकल बाडन.

Thursday, May 15, 2014

बागी भईल सजना हमार के भव्य मुहूर्त भईल


ओम साईं संसार एंटरटेनमेंट के बैनर तले बने जा रहल सम्पूर्ण पारिवारिक फिलिम बागी भईले सजना हमार के भव्य मुहुर्त मुम्बई के रहेजा क्लासिक क्लब में बड़ी धूमधाम से कईल गईल. निर्माता विनोद श्रीवास्तव आ राजेश शुक्ला द्वारा बनावल जा रहल एह फिलिम के लेखक आ निर्देशक आर0 के0 शुक्ला बाड़न. फिलिम के संगीतकार संतोष श्रीवास्तव आ गीतकार श्रीकांत मिश्रा बाड़े. छायांकन मनोज व्यास, नृत्य रामदेवन, संकलन भरत सिंह आ द्वन्द हिमाल के बा. एह फिलिम के मुख्य कलाकार विराज भट्ट, पिं्रस राजपूत, आम्रपाली, एहसान खान, रोशनी वर्मा, सीमा सिंह, रानू पाण्डेय, सूरज कुमार आ अवधेश मिश्रा बाड़न. मुहुर्त के शुभ अवसर पर मुख्य अतिथि टी सीरीज के अजीत कोहली वल्र्ड वाइड रिकार्ड के सीएमडी - रत्नाकर सिंह आ कुलदीप ग्रेवाल सहित पूरा फिलिम के टीम शुभकामना दिहलस. फिलिम के शुटिंग 25 मई से गौतम बुद्ध के तपस्थली सिद्धार्थ नगर, उत्तर प्रदेश में कईल जाई.

Sunday, May 11, 2014

भोजपुरी सिनेमा के अस्तित्व के आत्मबल दिही ‘मैनास प्रोडक्शन’: हलचल सिंह


भोजपुरी सिनेमा जगत के तीसरका दौर के शुरूआत बहुते सुनहरा रहे. भोजपुरी फिलिम जगत व्यवसाय के मामला में बहुते मुनाफा कमईले बा. लेकिन धीरे धीरे भोजपुरी सिनेमा जगत भोजपुरिया संस्कृति से कोसो दूर, फूहड़ आ द्विअर्थी फिलिमन के बनावला के चलते आज के समय में सभ्य परिवार आ महिलावर्ग के दर्शकन से दूर हो गईल रहल बा.

एही दुःख के पीड़ा से पीड़ित होके बाबू वीर कुंवर सिंह के धरती जगदीशपुर के लाल आ सफल व्यवसायी हलचल सिंह भोजपुरी सिनेमा जगत अस्तित्व के आत्मबल देबे खातिर ‘मैनास प्रोडक्शन प्रा0 लि0’ के शुरूआत कऽ चुकल बाड़ें.

एह प्रोडक्शन के जरिया पहिलका भोजपुरी फिलिम ‘सजना मंगिया सजाई दऽ हमार’ के बनावे के काम शुरू कऽ चुकल बाड़ें. साफ-सुथरा आ एकदम से पारिवारिक आ स्वस्थ मनोरंजक फिलिम बा ‘सजना मंगिया सजाई दऽ हमार’. जवना के बनावे के मुख्य उद्देश्य बा भोजपुरी सिनेमाप्रेमियन के एक संगे सिनेमाघर तक पहुंचावल. ताकि दर्शकवर्ग सपरिवार फिलिम के आनंद ले सके.

लेखक निर्देशक ओम जी (ओम प्रकाश यादव) के निर्देशन में बन रहल एह फिलिम के पोस्ट प्रोडक्शन के काम जोर शोर से हो रहल बा. महिला प्रधान एह फिलिम के मख्य कलाकारन में नेहा श्री, अरविन्द अकेला ‘कल्लू’, अर्चना सिंह, रविराज ‘दीपू’, मनोज सिंह टाईगर, बालेश्वर सिंह, सीपी भट्ट, अमित कुमार, प्रीति सिंह, शफीक रंगरेज, उमेश सिंह, सुनीता शर्मा, चन्दन कश्यप, अउरी महाभारत सीरियल में द्रोणाचार्य के रूप में प्रसिद्ध सुरेन्द्र पाल के मौजूदगी बा.

एगो सवाल के जवाब में हलचल सिंह कहलहन कि ‘भोजपुरी भाषा मिश्री जईसन मीठ हऽ, जवना के देश के अलावा विदेश के कई गो देश में बोलल जाला. भोजपुरी भाषा के फिलिमन में तोड़-मोड़ के पेश कईल जाला. एह सबसे दूर हमरा फिलिम में शुद्ध भोजपुरी के संवाद दिहल गईल बा, अउरी भोजपुरी साहित्य के फिलिम के जरिया प्रस्तुत कईल जा रहल बा.